00:00
04:29
ए राजा (का हो?)
आ, कहाँ जा तारऽ? (बजारी जा तानी हो)
एगो बात बोलीं? (कहऽ ना)
आ, हमार जिनगी त जंजाल हो गइल बा हो (काहे हो?)
नइहरो में दिक्कत होता आ ससुरो में
आ, बजारी जा तारऽ नु, त जौन माँगम तौन ली अइहऽ
हँ-हो, बोलऽ, का चाहीं हो?
♪
सुनऽ
राजा, काला साड़ी लइहऽ, कमर में छिप जाए
राजा, काला साड़ी लइहऽ, कमर में छिप जाए
राजा, काला साड़ी लइहऽ...
हो, राजा, काला साड़ी लइहऽ, कमर में छिप जाए
राजा, काला साड़ी लइहऽ...
♪
तूहूँ त बड़ बाड़ू हो
कबो कहेलु कि लाल lipstick ली आवऽ
अभी कहऽ तारू कि करिया साड़ी ली आवऽ
आ, नइहर, ससुरा त जरते बा हो
तूहूँ जरऽ तारऽ का?
ओइजा रहनी त हमरा भउजी से ना देखल जात रहे
आ एइजा बानी त तहरा भउजी के नइखे देखल जात, हँ
का भइल हो? आपन वृतांत बतावऽ
♪
नइहर में पहिनि भउज हमरी बरजे
नइहर में पहिनि, ए, ए, ए, ए
नइहर में पहिनि भउज हमरी बरजे
नइहर में पहिनि भउज हमरी बरजे
हो, साड़ी ससुरा में, हँ-रे
साड़ी ससुरा में पहिरी गोतिनिया जर जाए
राजा, काला साड़ी लइहऽ, कमर में छिप जाए
राजा, काला साड़ी लइहऽ...
♪
देयादिन त देयादिन ह, तहार माइयो कम नइखी न
ऊ त अउरी कुफुत कइले बाड़ी हो
तू अपना माई के कहऽ हो
हमरा माई के मत कहऽ हो
♪
नइहर में पहिनि माई रे मोर बरजे
नइहर में पहिनि, ए, ए, ए, ए
नइहर में पहिनि माई रे मोर बरजे
नइहर में पहिनि माई रे मोर बरजे
हो, साड़ी ससुरा में, हँ-रे
साड़ी ससुरा में पहिनि ससुइया जर जाए
राजा, काला साड़ी लइहऽ, कमर में छिप जाए
राजा, काला साड़ी लइहऽ...
♪
तहरा बहिन के का खिस्सा सुनाई हो, ऊ तो अउरी VIP बिया
का भइल हो?
ओने हमार बहिन मुँह चमका के लड़त रहे
आ एने तहार बहिन थपरी बजा के लड़तिया हो
आ, मार बछिया, जाए द
♪
नइहर में पहिनि बहिन हमरी बरजे
नइहर में पहिनि, ए, ए, ए, ए
नइहर में पहिनि बहिन हमरी बरजे
नइहर में पहिनि बहिन हमरी बरजे
हो, साड़ी ससुरा में, हँ-रे
साड़ी ससुरा में पहिनि ननदिया जर जाए
राजा, काला साड़ी लइहऽ, कमर में छिप जाए
राजा, काला साड़ी लइहऽ...
...कमर में छिप जाए
राजा, काला साड़ी लइहऽ...